तुलिप के कदम बढ़ल जात बा….

अगर बॉलीवुड में कैटरीना जइसन एक्ट्रेस आपन जलवा देखा सकेली त भोजवूडो कुछ कम नइखे. एहिजो बाड़ीं हॉट अउर सेक्सी अप्सरा, जे बॉलीवुड के हसीनन के टक्कर दे सकेली.

भोजपुरी इंडस्ट्री में अइसने एगो हसीना अपना पहिला फिल्म “के बनी दूल्हा” से दस्तक दे चुकल बाड़ी. एतने ना, अब त उनुका के भोजपुरी के कैटरीनो कहल जाये लागल बा. जी हँ, हम बात करत बानी तुलिप सिंह के…

आजुकाल्हु तुलिप सिंह के जलवा शबाब पर बा. हिंदी, मराठी अउर गुजराती फिलिमन में काम कर चुकल तुलिप अब पूरा तरह से भोजपुरी फिलिमन में व्यस्त हो गइल बाड़ी. अब ले ऊ “के बनी दूल्हा”, “दे दे पिरितिया उधार”, “गाँव की गंगा” जइसन फिलिमन में काम कर चुकल बाड़ी आ जल्दिये रमण नैय्यर की अंडर प्रोडक्शन फिल्म “धमाल कईला राजा” में आपन असली धमाल देखइहन. फिल्म में इनकर साथ दे रहल बाड़े भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन.

एकरा बाद ई भोजपुरिया कैटरीना रमण नैय्यर के अगिलको फिल्म “काली” में अपना अदा के जलवा बिखेरीहें आ एह फिल्म में इनकर जोड़ीदार बनीहें विनय आनंद.

अब देखे के बा कि एह भोजपुरिया कैटरीना के बढ़त कदम कवना तरह भोजपुरिया पर्दा के गुलज़ार करत बा.


(स्रोत : स्पेस क्रिएटिव मीडिया)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।