तु हमार साथी

कब होई मिलनवा हमार के सफलता का बाद निर्माता नंदू श्रीवास्तव के दोसर फिल्म तु हमार साथी एह महीना बिहार में रिलीज भइल बा. एकर कहानी कूछ एह तरह से बा. अमीर लाला प्रधान के भतीजा विशाल आ गरीब किसान के बेटा नन्दू. दुनु मेडिकल कालेज के छात्र आ आपुस में दोस्त. खलनायक बा काली जे सरपंच के आवारा बेटा ह. नायिका क्षमा, जेकरा से विशाल प्रेम करत बा. सहनायिका रुपा जे काली के बहिन हियऽ आ काली चाहत बा कि ओकर शादी विशाल से कर दिहल जाव आ क्षमा ओकरा हाथे लाग जाव.
Ravi Kishan in Tu Hamar Saathi
पात्र परिचय का बाद अब कहानी के मोड़. विशाल अपना परिवार के परम्परा तूड़ के क्षमा साथे मन्दिर में शादी कर लेत बा, नन्दू भाई बन के कन्या दान करत बा. शादी से नाराज बाप लालाप्रधान क्षमा के बुरा भला कहत बा आ धमकी देत बा कि विशाल का जिन्दगी से निकल जा ना त विशलवो के खून कर देब. डेराइल क्षमा जान देबे जात बिया त नन्दू बचा लेत बा. एह बीचे लाला अइसन जाल बुनत बा कि विशाल के सन्देह हो जात बा कि नन्दू का साथे क्षमा के गलत संबंध बा. ऊ रुपा से शादी कर लेत बा. बेबसी का जाल में फँसल नन्दू विशाल के दुश्मन बन जात बा.

एह का बाद का होत बा से त सिनेमे में देखे के मिली. अंत का होत बा, कइसन होत बा ई त फिल्में में देखावल जाई. मुख्य भूमिका में भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रविकिशन, निखिल उत्प्रेती, उषा पौडेल, सौजन्य सुब्बा, मिथिला शर्मा, नंदू श्रीवास्तव, रोहित सिंह, सुनील सारंग, सोना बिहारी, ब्रजकिशोर, दिनेश कुमार साह, आ अवधेश मिश्रा बाड़े.

लेखक निर्माता नंदू श्रीवास्तव, निर्देशक किशोर राणा, संगीतकार अमर राणा, गीतकार सत्येन्द्र आ छायाकार किशोर कमाल हउवे.


(स्रोत : रंजन सिन्हा)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।