तू जहाँ जहाँ चलेगा मेरा साया साथ होगा

स्मृति इरानी से चुनावी लड़ाई में यूपी का अमेठी में पन हार के अनेसा देखत राहुल गाँधी केरल के वयनाडो से चुनाव लड़े के प्लान बनावत बाड़ें. अब चरचा बा कि ओहिजो से भाजपा स्मृति इरानी के चुनाव लड़ा दी. राहुल गाँधी के छवि के नुकसान चहुँपावे वाला फैसला स्मृति के उनुाक खिलाफ एगो मजगर उमीदवार बना दिहले बा आ रण छोड़ के भागत राहुल का चलते उनुका गोलो के चुनावी नुकसान होखे से इन्कार ना कइल जा सके.
पिछला दिने एगो टीवी इन्टरव्यू में स्म़ति से पुछाइल कि उनकर प्रियंका से राजनीतिक मुकाबला देखल जात बा. त स्मृति जवाब दिहली कि प्रियंका से उनुकर कइसन मुकाबला ना त उऩुकर मरद जमीन चार ह ना त उनुकर भाई अधबउक.
अबकी का चुनाव में सभका नजर पर राहुल आ स्मृति के मुकाबला रहे वाला बा. पिछलो बेर राहुल के जीत के मार्डिन बहुते घट गइल रहुवे आ अबकी के माहौल शुरुए से राहुल के खिलाफ बना दीहल गइल बा.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।