तोहरे बिना भी का जीना

कृष्णा इंटरटेनमेंट के बैनर में बनल फिल्म “तोहरे बिना भी का जीना” प्रेम कहानी आ एक्शन आधारित फिल्म हउवे. नायक कृष्णा (संजय यादव) नायिका राधा (लवी रोहतगी) से प्यार करत बा. राधा के चाचा (रतन) आ उनकर दोस्त सूरज सिंह (कुणाल सिंह) नइखन चाहत कि कृष्णा राधा के मिलन होखो. ओने सुरज सिंह के बहिन मीरा (अनारा गुप्ता) के प्यार श्याम से बा. अपना प्यार का जज्बा में ऊ सूरज सिंह से बगावत कर देत बिया. एह फिल्म में एक से बढ़ के एक जबरदस्त एक्शन सीन बा.

फिल्म के निर्माता जय प्रकाश यादव, निर्देशक मनोज एस तोमर, संगीतकार राज इंद्र राज, गीतकार पवन मिश्रा, नृत्य निर्देशक ज्ञान सिंह अउर मीरा, एक्शन जीतू सिंह आ कैमरा मैन जयंत घोष हउवें. मुख्य कलाकारन में कुणाल सिंह, संजय यादव, अनारा गुप्ता, लवी रोहतगी, परी सिंहानिया, रतन कुमार, गोपाल राय, साहुल यादव, सुनील आ एहसान खान शामिल बाड़े.


(स्रोत – समरजीत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..