‘तोह पे दिल आईल बा’ के संगीत मुहूर्त भइल

एस.एम. गनी प्रोडक्शन के बैनर तले बने जात भोजपुरी फिल्म ‘तोह पे दिल आईल बा’ क भव्य संगीतमय मुहूर्त पिछला दिने मुंबई, अंधेरी (पश्चिम) के जिप ट्रैक रिकार्डिंग स्टूडियो में इंदू सोनाली के गावल गीत से करावल गइल. एह मौका पर नारियल तूड़े के रस्म डांसिंग क्वीन सीमा सिंह कइली.

फिल्म में आठ गो गाना बावे जवना के शोहरत शेख, मनीष मिश्राम अमित, शौकत आ राजेश लिखले बाड़े. संगीत हवे मनोज आर्यन के. आ आवाज बावे इंदू सोनाली, राजा हसन, पलक, खुशबू जैन आ राजेश राज के.

निर्माता तनवीर शेख, निर्देशक मेराज खान, लेखक शोहरत शेख, कैमरामैन दिलीप जॉन, नृत्य संतोष कुमार आ एक्शन दिलीप यादव के बा. कलाकारन में नवोदित तनवीर शेख, गीत शाह, शोहरत शेख, समीर शेख, ऋतु ढिल्लन, रवि शंकर पांडे, सलाउद्दीन, पार्वती सिंह आ आनन्द मोहन के मुख्य भूमिका बा. सीमा सिंह के आइटम नंबर रही.

निर्देशक मेराज खान बतवले कि ई फिल्म प्रेम कहानी हवे. एहमें प्रेम तमाम बाधा पार करत आखिर में जीत हासिल करत बा.
फिल्म के शूटिंग बिहार का सिवान आ यूपी के कुशीनगर में अगिला महीना से शुरू होखी.


(समरजीत के रपट से)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..