त्रिनिदाद आ टोबैगो के प्रधानमंत्री के जान से मारे के धमकी

– पारस रामऔतार

पोर्ट ऑफ स्पेन, 29 अगस्त (आईएएनएस). त्रिनिदाद आ टोबैगो के प्रधानमंत्री कमला प्रसाद बिस्सेसर के फेसबुक पर अपलोड एगो वीडियो में जान से मारे के धमकी दिहल गइल बा.

महान्यायवादी आ सांसद आनंद रामलोगन पत्रकारन के बतवलन कि फेसबुक पर अपलोड एह वीडियो में प्रधानमंत्री के जान से मारे के धमकी, फूहड़ भाषा के इस्तेमाल, आ झूठ आरोप लगावल गइल बा. कहलन कि, “ई गम्भीर चिंता के बाति बा आ हम एह वीडियो के पुलिस आयुक्त ड्वेन गिब्स का लगे भेजे के कह दिहले बानी.”

तीन मिनट 48 सेकेंड के ई वीडियो फेसबुक का मार्फत जारी भइल बा.

देश में होखल बहुते बेसी हत्या आ दोसरा अपराधन का चलते राष्ट्रपति जार्ज मैक्सवेल रिचर्ड्स 21 अगस्त के एहिजा आपातकाल के घोषणा कर दिहले बाड़न.

पूरा देश में रात नौ बजे से सबेर पांच बजे तकले कर्फ्यू लगा दिहल गइल बा. देश के उत्तरी आ पूरबी इलाकन में एके रात में सात लोग के निर्मम हत्या का बाद ई कदम उठावल गइल बा.

पिछला एक हफ्ता में 684 लोग के पकड़ल गइल बा जवना में कुछ आपराधिक संगठनन के प्रमुखो शामिल बाड़े जे लोग कोलम्बिया आ लैटिन अमेरिकी देशन से मादक पदार्थ के तस्करी करत करावत रहे. एह साल अबले 272 गो हत्या के पुष्टि भइल बा.

कमला प्रसाद बिस्सेसर भारतीय मूल के हई आ पर साल मई 2010 में प्रधानमंत्री बनल रहली. ऊ त्रिनिदाद आ टोबैगो के पहिला महिला प्रधानमंत्री हई. एह देश के 44 फीसदी भारतीय मूल के लोग हवे, जिनकर पूरनिया 1845-1917 का दौरान ईख के खेती खातिर यूपी आ बिहार से आइल रहले.

(इंडो-एशियन न्यूज सर्विस)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।