त्रिपुरा में भाजपा के जितावे खातिर राहुल के जिम्मेदार बतवली ममता


कोलकाता 03 मार्च (वार्ता). पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी त्रिपुरा विधान सभा चुनाव में भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) के जीत खातिर कांग्रेस अध्यक्ष राहुल गांधी के जिम्मेदार ठहरावत कहली कि अगर राहुल गांधी तृणमूल कांग्रेस का साथे चुनावी गठबंधन के पेशकश ठुकरवले ना रहतन त आजुके नतीजा कुछ दोसरे रहीत.

ममता बनर्जी के कहना बा कि अगर कांग्रेस एह चुनाव के गंभीरता से लिहले रहीत त भाजपा महज 10 सीट पर समेटा गइल रहीत. त्रिपुरा में भाजपा के कदम जमावहूं खातिर कांग्रेसे के जिम्मेदार ठहरावल ममता दावा कइली कि अगिला लोक सभा चुनाव में भाजपा के सूपड़ा साफ हो जाई.

कहली कि भाजपा के हार के शुरूआत मध्य प्रदेश, कर्नाटक, आ राजस्थान से होखी. ओडिशा आ पश्चिम बंगालो में ओकरा हार के सामना करे के पड़ी.

ममता 25 बरीस ले त्रिपुरा में सरकार चलावे वाली माकपो पर कड़ा प्रहार करत कहली कि भाजपा के धन बल का सामने माकपा दीन-हीन ढंग से आत्मसमर्पण क दिहलसि.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।