“तक़दीर का फैसला” में संजना सिल्क के जलवा

SanjanaSilk
फिलिमन के आईटम गीतन के आपन अलगे मजा होला. एक मजा है .आईटम गाना आवत लोग झूमे लागेला. आजु अइसने एगो अदाकारा के बात करे के बा जिनकर आईटम लोग का दिल में बस जाला. एह आईटम के नाम ह संजना सिल्क जिनका के हमनी का जल्दिए ‘तक़दीर का फैसला’ फिलिम में देखब जा.

फिलिम के शूटिंग ४ सितम्बर से गोंडा में शुरू होखे वाला बा आ संजना अपना आईटम गाना का साथही अपना अदाकारिओ के जलवा देखइहें एहमें.

उत्तर प्रदेश से आइल संजना पिछला तीन साल से फिलिम इंडस्ट्री से जुडल बाड़ी आ अबले अनेके भोजपुरी एल्बमन में काम क चुकल बाड़ी. संजना के हर एल्बम के दर्शक बेहद पसंद कइले बाड़न.

‘तक़दीर का फैसला’ फिलिम के निर्देशक आनंद श्रीवास्तव के कहना बा कि उ संजना के अब ले के काम देखिए के फिलिम में लिहले बाड़न.

संजना कुछ अउरिओ फिलिम करे वाला बाड़ी जवना में पवनो सिंह के साथ के फिलिम बाड़ी सँ. इनकर आईटम आ अभिनय अनेके फिलिमन में जल्दिए देखे के मिले वाला बा.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।