तड़ीपार मुजरिम के संगीत मुहुर्त

पिछला दिने मुंबई जे कृष्णा स्टूडियो में सॉस सिनेविजन के प्रस्तुति “तड़ीपार मुजरिम” के संगीत मुहुर्त उदित नारायण आ कल्पना का आवाज में गाना रिकार्ड करा के कइल गइल. निर्माता निखिल नन्दा आ रमन कुमार के एह फिल्म के कहानी लेखक आ निर्देशक अशोक त्रिपाठी अत्री, गीतकात राजेश मिश्रा आ संगीतकार सतीश अजय हउवें.

मुहुर्त का अवसर पर सॉस सिनेविजन के फिल्म “बुलन्दी” के प्रोमो आ ट्रेलरो रिलीज कइल गइल. मौका पर निर्माता लोग के बधाई देबे भोजपुरी सिनेमा के बहुते दिग्गज मौजूद रहलें जवना में विक्रांत सिंह, मनोज द्विवेदी, दीपक दुबे, बालेश्वर सिंह, अनारा गुप्ता, राखी त्रिपाठी, बृजेश त्रिपाठी, गोपाल राय, नागेश मिश्रा, हीरा यादव आ रोजा उस्मानी शामिल रहलें.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।