थाई गर्ल के भूमिका में मोनालिसा

Monalisa-as-Thai-girlभोजपुरी सिनेमा के हॉट गर्ल मोनालिसा भोजपुरी फिलिम ‘करेला कमाल धरती के लाल’ में थाईलैंड के लइकी का भूमिका में बाड़ी जे हई त भारत के बाकिर थाईलैंण्ड में पढ़े गइली आ थाई गर्ल बन गइली. पढ़ाई कर के लवटला पर उनकर सामन होखत बा एहिजा अपना दुश्मनन से. एह दुश्मनन से ऊ कइसे लड़ के निकलत बाड़ी इहे उनुका भूमिका के खास बा.

एलिना बनल मोनालिसा के नायक बाड़े सुपर स्टार पवन सिंह. एह फिलिम के शूटिंग मोनालिसा पूरा कर दिहली. मोनालिसा के कपड़ो एहमें थाई स्टाइले के बा. निर्माता हउवें डॉ. यू. एस. सिंह आ निर्देशक कुमार विकल.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।