थानाध्यक्ष के जान से मारे के धमकी दिहलन बड़हरा के राजद विधायक

भोजपुर जिला के बड़हरा से राजद विधायक सरोज यादव सोमार का दिने चरपोखरी थानाध्यक्ष कुंवर गुप्ता के फोन पर धमकी दिहलन कि थाना में घुस के जान से मार दीहें उनुका के.

एकरा बाद थानाध्यक्ष के बयान पर विधायक सरोज यादव का खिलाफ एफआइआर लिखावल गइल बा. बतावल जात बा कि एगो हत्या के मामला में आरोपी के बचावे ला दबाव बनावत रहले विधायक सरोज यादव आ जब उनुका मन लायक करे के तइयार ना भइलन थानाध्यक्ष त विधायक उनुका के जान से मार देबे के धमकी दे दिहलन.

ओने विधायक सरोज यादव के कहना बा कि ऊ बडिहा गांव के मुकेश के हत्या का मामिला में जानकारी लेबे ला फोन कइलन त थानाध्यक्ष कहलन कि सीमा में रहिए आ फोन पर उनुका साथे बदसलूकी कइलन.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।