दत्तात्रेय दत्तोपन्त ठेगड़ी कर्मचारी रक्त सहायता समूह

पिछला दस नवम्बर के वाराणसी में दत्तात्रेय दत्तोपन्त ठेगड़ी कर्मचारी रक्त सहायता समूह के रक्तदान शिविर लगावल गइल जवना के उद्घाटन डीरेका महाप्रबन्धक के. बी. एल. मित्तल कइलें. ई रक्त सहायता समूह डी. एल. डब्ल्यू. मजदूर संघ के ह. शिविर में मिलल रक्त के इण्डियन मेडिकल एसोसिएशन के लहुराबीर शाखा के ब्लड बैंक में राखल जाई जहाँ से जरूरत पड़ला पर रेलकर्मी भा ओकरा परिजन के दिहल जाई.

एह शिविर में डी.एल.डब्ल्यू. मजदूर संघ के अध्यक्ष नरेंद्र कुमार मिश्र , महामंत्री राधा बल्लभ त्रिपाठी, डी. के. सिंह, पी.के. एन. सिंह, मुकेश सिंह, राकेश, दीपेश, राम सिंह, गजेंद्र सिंह, विधालाल रजक, अमित श्रीवास्तव, पारसनाथ, क़ृष्ण मोहन तिवारी, राम मोहन तिवारी, वेद सिंह, मुन्ना प्रसाद , एस. पी. सिंह, अनिल खरे, इरशाद अहमद, अशोक कुमार, अमित खरे, प्रदीप गर्ग, अजय क़ृष्ण प्रसाद, सुरेश विश्वकर्मा, विजय गुप्ता, नवीन सिन्हा, अखिलेश राय, प्रदीप पाल, अंजनी सिंह, अविनाश पाठक का साथे डी.एल.डब्ल्यू. मजदूर संघ के सैकड़ो कार्यकर्ता रक्त दान कइलें.

शिविर आयोजन में सीएमएस डॉ पद्म सिंह, डॉ. एस. एस. नेगी, डॉ. आर.सी. त्रिवेदी, डॉ. सुनील कुमार, डॉ. शंकर सिंह, डॉ. मधुलिका सिंह, आ डॉ. गौतम सेन से विशेष सहयोग मिलल.


(स्रोत – अविनाश पाठक, मीडिया प्रभारी)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।