दरगाह पर चादर चढ़ा के बिहार खातिर मन्नत मँगले नीतीश

पटना सिटी के कच्ची दरगाह पर काल्हु चादर चढ़ा के बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश बिहार के विकास आ साम्प्रदायिक सद्भाव के दुआ मँगले. एह दरगाह पर पूरा देश से श्रद्धालु आवेले आ मनवति माँगेले. नीतीश कुमार बतवले कि दरगाह के पूरा विकास करावल जाई जेहसे कि श्रद्धालुअन के कवनो तकलीफ ना होखे. जल्दिये एहिजा एगो विश्रामालय बनवा दिहल जाई. मुख्यमंत्री का साथे शिवानन्द तिवारी आ प्रशासनिक अमला मौजुद रहे. एगो दोसरा सभा में नीतीश कहलें कि जल्दिये बख्तियारपुर का लगे गंगा पर महापुल बनावल जाई जवना से समस्तीपुर के पटना से आसानी से जोड़ दिहल जाई.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..