दरार-2 के मुहूर्त धूमधाम से भइल

Daraar-2muhurtहिंदी सिनेमा के देखा देखी अब भोजपुरीओ सिनेमा जगत अपना हिट फिलिमन के सिक्वल बनावल शुरू कर दिहलसि. सिनेमा भोजपुरी के पहिला लिमिटेड कम्पनी, आप इन्टरटेनमेन्ट लि., पिछला साल के सुपर हिट फिलिम “दरार” के सिक्वल बनावे के मुहुर्त पिछला दिने धूमधाम से मंुबई के एमफोरयू स्टूडियो में कइलसि. दरार के निर्माता रहलें अनिल सम्राट.

एह फिलिम कंपनी के सी. ई. ओ. मनीष मारू हउवें. फिलिम के निर्माता रहीहें नन्द किशोर सिंह यादव, सह निर्माता विजय कुमार आ निर्देशक ओम प्रकाश त्रिपाठी. गीत-संगीत विनय बिहारी के रही.

बतावल जात बा कि एह मल्टी स्टारर फिलिम में आधा दर्जन हीरो हीरोइन होखी लोग. मनोज तिवारी, सुशील सिंह, पंकज केसरी, शुभी शर्मा आ सम्राट भाई के नाम त फाइनल बा अउरी लोग के नाम तय कइल जात बा.


(अपना न्यूज)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।