दरार-2 के मुहूर्त धूमधाम से भइल

Daraar-2muhurtहिंदी सिनेमा के देखा देखी अब भोजपुरीओ सिनेमा जगत अपना हिट फिलिमन के सिक्वल बनावल शुरू कर दिहलसि. सिनेमा भोजपुरी के पहिला लिमिटेड कम्पनी, आप इन्टरटेनमेन्ट लि., पिछला साल के सुपर हिट फिलिम “दरार” के सिक्वल बनावे के मुहुर्त पिछला दिने धूमधाम से मंुबई के एमफोरयू स्टूडियो में कइलसि. दरार के निर्माता रहलें अनिल सम्राट.

एह फिलिम कंपनी के सी. ई. ओ. मनीष मारू हउवें. फिलिम के निर्माता रहीहें नन्द किशोर सिंह यादव, सह निर्माता विजय कुमार आ निर्देशक ओम प्रकाश त्रिपाठी. गीत-संगीत विनय बिहारी के रही.

बतावल जात बा कि एह मल्टी स्टारर फिलिम में आधा दर्जन हीरो हीरोइन होखी लोग. मनोज तिवारी, सुशील सिंह, पंकज केसरी, शुभी शर्मा आ सम्राट भाई के नाम त फाइनल बा अउरी लोग के नाम तय कइल जात बा.


(अपना न्यूज)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *