दर्जन से अधिका राजनीतिक गोल आजु फिरकापरस्ती का खिलाफ एकजुट लडाई शुरू करीहे

नई दिल्ली 29 अक्टूबर (वार्ता) चौदह गो राजनीतिक गोल बुध का दिने राष्ट्रीय राजधानी दिल्ली मे होखे वाला फिरकावाराना विरोधी सम्मेलन मे शामिल हो के देश के फिरकावाराना ताकतन का खिलाफ एकजुट होखे के गोहार लगइहे.

माकपा सांसद आ सम्मेलन के आयोजन समिति के सदस्य सीताराम येचुरी बतावत बाड़े कि विघटनकारी ताकत अपना राजनीतिक फायदा ला अगिला चुनाव से पहिले देश के फिरकापरस्ती का आग में झोंक दीहल चाहत बाड़े. यूपी, बिहार आ आसाम में हाल के दंगा एकर नमूना बा.

हालांकि येचुरी इहो कहलन कि सम्मेलन के कांग्रेस आ भाजपा का खिलाफ तीसरा मोर्चा बनावे के कोशिश ना माने के चाहीं, एकर मकसद बस फिरकावाराना ताकतन का खिलाफ एकजुटता देखावे के बा. एह सम्मेलन में सपा के मुलायम सिंह यादव, जदयू के नीतीश कुमार आ शरद यादव, जनता दल एस के एच डी देवेगौडा, अन्नाद्रमुक के एम थंबीदुरई, झारखंड विकास मोर्चा के बाबू लाल मरांडी, भाकपा के ए बी वद्र्धन. माकपा के प्रकाश करात, अगप के प्रफुल्ल महंत, रिपब्लिकन पार्टी के प्रकाश अंबेडकर, फारवर्ड ब्लाक के देवव्रत विश्वास, पीपुल्स पार्टी आफ पंजाब के मनप्रीत बादल, रिवोल्यूशनरी सोशलिस्ट पार्टी के क्षिति गोस्वामी आ राकांपा के देवी प्रसाद त्रिपाठी शिरकत करीहें.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।