दर्शकन के प्यारे हमरा के शोहरत दिहले बा : रविकिशन


भोजपुरी सिनेमा के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन के ख्याति आज चहुओर फ़ैल रहल बा. है. भोजपुरी फिल्म जगत में पिछला दस साल से आपन जलवा बिखेरत रवि किशन हिंदी फिल्म जगत आ छोटको परदा पर आपन दमदार मौजूदगी दर्ज करवा दिहले बाड़न. आजु हालात अइसन बा कि चाहे फिल्म होखो, टी वी शो होखो, विज्ञापन होखो भा फेर स्टेज शो, हर जगहा रविए किशन के नाम के चर्चा बा. जहां तक भोजपुरी फिल्मन के बाति बा त एह साल रिलीज़ उनकर फिल्म “देवरा बड़ा सतावेला” एह साल के सबले बड़ हिट फिल्म मानल जा रहल बा. एकरा अलावा “बलिदान”, “सत्यमेव जयते”, “जरा देब दुनिया तोहरा प्यार में”, “लहरिया लूटा ए राजा जी” ओ रिकार्ड तोड़ बिजनेस कइले बाड़ी सँ. रवि किशन से उनका फ़िल्मी सफ़र, उनका मिलल अपार सफलता आ आगा के योजना पर उनका से भइल बातचीत पढ़े FILMS4U.IN पर जाईं.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।