दलाई लामा जी 19 मार्च के वाराणसी आएब

वाराणसी 16 मार्च (वार्ता). तिब्बती आध्यात्मिक गुरु दलाई लामा जी 19 मार्च के सारनाथ के केंद्रीय उच्च तिब्बती शिक्षा संस्थान में आयोजित भारतीय विश्वविद्यालय संघ के 92वां वार्षिक अधिवेशन आ उच्च शिक्षा विषयक राष्ट्रीय संगोष्ठी में भाग लेबे ला दू दिन के दौरा पर आएब.

संस्थान के जनसंपर्क प्रभारी डॉ. उमेश चन्द्र सिंह आजु ‘यूनीवार्ता’ के बतवलें कि अधिवेशन में भारत के विश्वविद्यालयन के कुलपतियन का अलावे देशो-विदेश के अनेके शिक्षाविदन के नेवतल गइल बा आ ओह लोग के शामिल होखे के पूरा उमेद बा.

बतवलें कि साल 1967 में स्थापित केंद्रीय उच्च तिब्बती शिक्षा संस्थान के भारतीय विश्वविद्यालय संघ के सदस्यता आ केंद्रीय विश्वविद्यालय के दर्जा मिल चुकल बा. एही संस्थान के साझा आयोजन में ई अधिवेशन आ संगोष्ठी 19 से 21 मार्च ले कई सत्रन में होखी, जवना के तइयारी जोर शेर से चलत बा.दलाई लामा जी 19 मार्च के अधिवेशन के उद्घाटन करब आ अगिला दिनें पहिलका सत्र के संबोधित करब.

दलाई लामा जी के कार्यक्रम आ संस्थान परिसर में उहाँ के ठहरे का चलते सुरक्षा ​निगरानी शुरु क दीहल गइल बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..