दस लाख के इनामी आजमगढ़िया आतंकी मारल गइल

इस्लामिक स्टेट में आतंकी बने जाए खातिर भारतो से करीब दू दर्जन नवही सीरिया भा इराक जा चुकल बाड़न आ ओहमें से नाहियो त छह जने के जान जा चुकल बा. इस्लामिक स्टेट वाले हिन्दुस्तानी आतंकियन के कुकुरो बराबर ना मानसु आ घटिया काम करे पर मजबूर कइल जाला एहनी के. आ कई बेर त एकनी के फिदायिन हमला खातिर भेज दीहल जाला.
जवन छह गो हिन्दूस्तानी आतंकियन के मौत हो चुकल बा ओही में से एगो यूपी के आजमगढ़ के रहे वाला रहुवे. साजिद नाम के ई नवही आजमगढ के संजरपुर गाँव के रहुवे. एह गाँव के नाम कई बेर आतंकियन से जुड़ल खबरन में आवत रहेला. साजिद इंडियन मुजाहिदीनो से जुड़ल रहुवे आ ओकरा पर दस लाख रुपिया के इनामो राखल गइल रहे.
साजिद के मौत के खबर पकिया करे खातिर ओकरा घरवालन से जानकारी लीहल जात बा बाकिर ऊ कुछ बोलत नइखन सँ.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।