दहेज खातिर तीन बेर सफाई करवा दिहलन स


जौनपुर, 13 अप्रैल (वार्ता). न्याय का आस में झारखंड के एगो औरत अपना बूढ़ महतारी-बाप का साथे जौनपुर में दर-दर के ठोकर खात बिया.
दरअसल, झारखण्ड के कोरबा जिला के शिवाजी नगर के रहे वाली अमनदीप कौर के बिआह साल 2012 में जौनपुर के पचहटिया गांव के मनदीप सिंह उर्फ लकी का साथे भइल रहुवे. पत्रकारन से आपन पीड़ा बयान करत अमनदीप बतवली कि उनुकर माई बाप अपना बूता से बेसी दहेज दिहले रहलें बाकिर शादी का बाद पति समेत पूरा परिवार दहेज के मांग कर करके ओकरा के सतावे लगलें.
रुपिया पइसा से कमजोर उनुकर माई बाप कुछ हद ले उनुकर मांग पूरा कइलें बाकिर अतहत होखे लागल त लोग मना कर दीहल. एकरा बाद ससुराल वाले ओकरा के अउरी सतावे लगलें. एह बीच ऊ तीन बेर पेट से रहल आ हर बेर ससुराल वाले ओकर सफाई करवा दिहलें.
बेर बेर सफाई करवला से ओकर तबियत खराब रहे लागल त ओकरा के जबरिया नइहर भेज दीहल गइल. एह बीच ओकर पति दोसर बिआह कर लिहले बा आ ओकरा पर गहना रुपिया ले भागे के केसो करा दिहले बावे.
अमनदीप से शिकायती पत्र लेके पुलिस अब मामिला के तहकीकात शुरू कर दिहले बिया.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *