दहेज में मोटरसाइकिल ना मिलला का चलते दुलहिन के जरा दिहले

रोहतास जिला के दरिहट टोला में दहेज में मोटरसाइकिल ना मिलला का चलते बियफे के रात एगो दुलहिन के जरा के मुआ दीहल गइल. मरे वाली कनिया के भाई का शिकायत पर ओकरा पति समेत चार जने पर दहेज हत्या के मुकदमा दर्ज करावल गइल बा. अइसने एगो दोसर घटना में इन्द्रपुरी इलाका के बडीहा गांव में बुध का दिने पुलिस संजय प्रजापति के गिरफ्तार कर लिहलसि जेकरा पर अपना पत्नी के जान लेबे के कोशिश करे के आरोप बा.संजय अपना पत्‍‌नी का देह पर किरासन तेल डाल के जरावे के कोशिश कइलसि. झँउसल औरत के इलाज एगि निजी अस्पताल में होखत बा.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।