दामाद चाहीं फोकट में

बालीवुड एक्टर गोविन्दा के भगीना विनय आनन्द के सिक्का भौजपुरी सिनेमा में चल चुकल बा आ अबले उनकर नाहियो त चार पाँच दर्जन फिल्म रिलीज हो चुकल बा. दहेज प्रथा का खिलाफ बनत फिल्म “दामाद चाहीं फोकट में” विनय आनन्द के डबल रोल बा. कार्पोरेट कंपनी इंडस सिने प्रोडक्शन प्रा॰लि॰ के एह फिल्म के मुहुर्त पिछला दिने मुंबई में करावल गइल आ अब ६ अप्रेल से बिहार के आरा जिला में एकर शूटिंग शुरु होखे वाला बा. फिल्म के निर्माता जय विजय सिंह आ अरुणेश, निर्देशक बाल किशन सिंह, लेखक शिवकुमार प्रसाद, संगीतकार के॰ रत्नेश, गीतकार सतीश तिवारी आ महेश कुमार झा, छायाकार सुरेन्द्र सिंह आ खास कलाकारन में विनय आनन्द, श्वेता मिश्रा, जीतेन्द्र कुमार, कनिष्का गुप्ता, तनवीर कृति, भागीरथी, मनोज टाइगर, पुष्पा वर्मा, किशन देव, गोपाल राय, विनोद त्रिपाठी, संजय पाण्डेय, संतोष श्रीवास्तव, सीपी भट्ट, रमेश दुबे, राज शुक्ला वगैरह शामिल बाड़े.


(स्रोत – संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।