दामाद से गलती होखे के बात सकरले अजीत चौधरी

रालोद नेता अजीत चौधरी एह बात के सकरले बाड़न कि उनुका दामाद विक्रमादित्य चौधरी से गलती भइल बा. अजीत चौधरी के दामाद सैनिक इस्तेमाल में आ सके वाला सामान इरान के बेचे का आरोप में नजरब्द कर दिहल गइल बाड़न. अजीत चौधरी इहो कहलन कि एह मामिला से उनुकर आपन कवनो संबंध नइखे. दामाद के बिजनेस ह टेलीकाम उपकरण बेचे के आ उनुका मालूम ना रहुवे कि इरान से एंड यूजर करार करावल जरुरी रहे. इहो कहलन कि ई कवनो बड़ बाति नइखे भइल.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..