दामिनी के सन्नी देओल जइसन किरदार का इन्तजार में पवन सिंह

पवन सिंह देखे में भलही चाकलेटी लागत होखस बाकिर उनका एक्शन करे में बेसी आनन्द मिलेला. भोजपुरी सिनेमा में सुपर स्टर के दर्जा पा चुकल पवन सिंह कहेलें कि एक्शन फिल्म उनका के बहुते उत्साहित करेले. बतावेले कि सन्नी देओल उनकर आदर्श हीरो हउवन आ ऊ अपनहू चाहेले कि एक्शन से भरपूर फिल्मन में काम करे के मौका मिले. फिल्मन में एक्शन सीन पवन सिंह खुदे करेले आ खतरा से खेलल उनकर आदत जइसन हो गइल बा. कहलो पर ऊ खतरनाक सीन खातिर डुप्लीकेट ना मँगावस. बार बार चुटहिल आ गवाहिल होखेले, जरत जरत बाचेले बाकिर एक्शन करे के पैशन ना छूटे.

एह साल पवन सिंह के जब केहू दिल में समा जाला, देवरा बड़ा सतावेला, सईया के साथ मड़ईया में, आ प्यार बिना चैन कहाँ रे जइसन हिट फिल्म रिलीज हो चुकल बा आ आवे वाली फिल्मन में कुरुक्षेत्र, गुण्डाराज, कब तक चुप रहब, गंगा पुत्र सहित दर्जन भर फिल्म बाड़ी सँ.


(स्रोत : मु॰ खालिद)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।