दामिनी रेप काण्ड के विरोध में कैंडल मार्च कइली सुप्रेरणा सिंह

SuprernaSingh3भोजपुरी, हिंदी आ दक्खिन भारत के फिलिमन के सफल अभिनेत्री सुप्रेरणा सिंह पिछला दिने कानपुर के राजीव वाटिका, मोती झील में दिल्ली के रेपकाण्ड के विरोध में भइल कैंडल मार्च में शामिल भइली. कैंडल मार्च राजीव वाटिका से अमर जवान चौक तक कइल गइल.

सुप्रेरणा सिंह एह रेप काण्ड के एगो अपराधी के नाबालिग बतावत कम सजा भा मुक्त करे के खिलाफत करत कहली कि जब ई लड़िका अतना बड़हन अपराध कर सकत रहे जवना से एगो बेकसूर के जान चलि गइल त ओकरा के सजा काहे ना दिहल जा सके.

कैंडल मार्च समाज सेवक मोहित शुक्ला के नेतृत्व में भइल.


(अपना न्यूज)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।