दिग्गी राजा के बाबू (साहब) जी जहन्नुम चहुँपल

देश के दुश्मन आ जैशे मुहम्मद गिरोह के सरगना अजहर मसूद खातिर एक बेर कांग्रेसी नेता दिग्गी राजा साहब आ जी लगा के बयान दिहले रहलें. आजु खबर गरम बा कि एह चरम आतंकी के मौत हो गइल बा. शक जतावल जात बा कि संजोग से ई आतंकी ओह दिन ओही कैम्प पर आराम फरमावत रहुवे जवना पर 26 फरवरी का राते भारतीय वायु सेना हमला क के भसा दिहलसि. बहुते घवाहिल हो चुकल अजहर मसूद के पाकिस्तानी आर्मी हास्पीटल में इलाज क के बचावे के कोशिश बहुते भइल बाकिर ई आखिरकार जहन्नुम खातिर चलिए गइल.

वइसे हर बात में झूठ बोले वाली पाकिस्तान सरकार के कहना रहुवे कि अजहर मसूद के किडनी फेल हो गइल बा आ ओकर इलाज करावल जा रहल बा. याद करीं त एकरा पहिले कबो ई खबर नइखे आइल कि मसूद बेमार बा. आ अब अचके में ओकर किडनी फेल करे के हवा बना के आखिर में ओकरा मरहूं के खबर जारी करे के पड़िए गइल. कहल जात बा कि ओकर मौत काल्हुए हो गउवे.

पिछला शुक का दिने पाकिस्तान के विदेश मंत्री कुरेशी सकरले रहुवे कि मसूद पाकिस्ताने में बा, बाकिर ओकर तबियत अतना खराब बा कि कहीं आ जा ना सके.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।