दिलजले पोस्ट प्रोडक्शन वाला स्टेज में


भोजपुरी सिनेमा के महारथी निर्माता रामाकान्त प्रसाद, जे अबले “लागल रहऽ ए राजा जी, दिवाना,” आ “दाग” जइसन ब्लाकबस्टर फिल्म दे चुकल बाड़न, अब “दिलजले” ले के आ रहल बाड़े. फिल्म के अब पोस्ट प्रोडक्शन वाला काम चल रहल बा. “दिलजले” के मुख्य कलाकारन में निरहुआ, रानी चटर्जी, विराज भट्ट, स्वाति वर्मा, बाली, आनन्द मोहन, रीतू पाण्डेय, संतोष श्रीवास्तव, दीपक भाटिया, गोपाल राय वगैरह लोग शामिल बा. फिल्म में सोलह गो गाना बा जवना में से आयटम डांसर सीमा सिंह आ श्रीकांकनी पर कई गो गाना खास कर के फिल्मावल गइल बा. फिल्म के होली का अवसर पर रिलीज करे के तइयारी चलत बा.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..