‘दिलदार सांवरिया’ बनलन संजय पाण्डेय

भोजपुरी सिनेमा के नंबर वन खलनायक संजय पांडे ‘बिहारी रिक्शावाला’, ‘मजनू मोटरवाला’ क बाद अब अगिला फिलिम ‘दिलदार सांवरिया’ साईन कइले बाड़न जवना के शूटिंग ला संजय पांडे आजुकाल्ह बलिया में बाड़ें. तन्वी मीडिया के बैनर में बनत एह फिलिम के मुहुर्त पिछला दिने बलिया के उचरांव गांव में पूर्व मंत्री राजधारी के हाथे भइल. एह समारोह में सैकड़ों लोग शामिल भइल.

मुहूर्त से पहिले संजय पांडे समेत पूरा यूनिट विधिवत पूजन कइलस तवना क बाद मुख्य अतिथि कैमरा से क्लिक कइलन. निर्माता दीपक शाह, सहनिर्मात्री किरण शाही, निर्देशक विशाल वर्मा, नायक यश कुमार मिश्र, नायिका अंजना सिंह, डांस डायरेक्टर निमेश भट्ट, छायाकार सी. जगन आ एक्शन मास्टर वेंकटेश समेत प्रसिद्ध नारायण मिश्र, रामरेखा यादव, शशिकांत त्रिपाठी, सीपी सिंह, बच्चा सिंह, उपेंद्र गुप्त, नवीन मिश्र, दिनेश सिंह वगैरह मौजूद रहलें.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।