दिल्ली एसीपी के मेहरारूओ मर गइली

छपरा के दहियांवा टोला के रहे वाला आ दिल्ली में एसीपी रहल अमित सिंह के कवनो बात पर पिछला सोमार के रात अपना मेहरारू डा. सरिता सिंह से बाताबाती हो गइल जवना का बाद एसीपी अपना के गोली मार लिहलन आ सरिता चार मंजिला से कूद गइली. घवाहिल सरिता के इलाज का दौरान बुध का दिने मौत हो गइल.
पुलिस इन्तजारे करत रह गइल कि सरिता के होश आवे त कुछ जानकारी मिलो बाकिर ऊ होश में ना आ पवली. दुनू जने के एगो डेढ़ बरीस के बेटी बिया.
पुलिस अमित के मोबाइल जब्त क लिहले बिया आ ओकरा से काल डिटेल खंगाल के मामिला जानल चाहत बिया.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।