दिल्ली के चार साला पाठ्यक्रम विरोध का बावजूद लागू होखी

एह घरी देश के करीब सगरी विश्वविद्यालय १०+२+३ का हिसाब से पन्द्रह साल में स्नातक के उपाधि देत बाड़े बाकिर दिल्ली विश्वविद्यालय एह साल से चार साल के स्नातक पाठ्यक्रम लागू कर दिहले बावे. एह कदम के बहुते विरोध होखत बा. लोजपा नेता रामविलास पासवान कहले बाड़न कि अगर देश के हर विश्वविद्यालय अपना अपना हिसाब से अलग अलग नियम कायदा बनावे लाग जाई त चारो तरफ अव्यवस्था पसर जाई. हालांकि दिल्ली विश्वविद्यालय के दावा कि बहुते विद्यार्थी चार साला स्नातक पाठ्यक्रम से आपन सहमति जतवले बाड़न.

एगो दोसरा खबर में बतावल गइल बा कि एह साल अगरेजी पत्रकारिता कोर्स खातिर कवनो प्रवेशपरीक्षा ना होखी जबकि हिन्दी पत्रकारिता खातिर हर साल का तरह एहु साल प्रवेश परीक्षा लिहल जाई.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..