दिल की धड़कन तेज हो रही, तेज करो लय बाजे की

IDS2016-meet-Balliaलुकावल चोरावल धन के एलान क के साफ़ सुथरा बन जाए के मौका देबे वाली अघोषित आय घोषणा योजना के आखिरी दिन जस जस नियरा आवल जाट बा तस तस आमदनी वाला लोग के धड़कन बढल जाटी बा। लोग का मन में उमड़त घुमड़त तरह तरह के सवालन के जवाब मुहैया करावे खातिर आयकर विभाग जगहे जगह गोष्ठी बोला रहल बावे। अइसने एगो बैठक आजु बलिया के अग्रवाल धर्मशाला में आयोजित भइल बा।
एह बैठक में बलिया के करदाता लोगन के निकहा जमावड़ा भइल आ लोग आपन आपन शंका के निवारण करावे के कोशिश कइल। बाकिर एह तरह के संवाद ला आयोजन के ध्वनि व्यवस्था सही ना रहला का चलते बहुत साफ सुनात न रहुवे पीछे बइठल लोगन के।
आशा बा कि अब कर सलाहकार लोग अपना अपना मुवक्किलन के शंका समाधान बढ़िया से करा पाई।
आज के आयोजन में वाराणसी मण्डल के प्रधान आयकर आयुक्त श्रीमती गीतमाला मोहनानी आ अउरी अधिकारियन का साथ ही बलिया के चार्टर्ड अकाउंटेंट्स आ कर सलाहकार लोग शामिल भइलें।

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।