दिल के बंधन बाँधे निकलले अजय सिंह

गोरखपुर के अजय सिंह के संस्कार उनुका उमिर से बड़ बा. अपना कड़ा मेहनत आ लगन का दम पर ऊ जानल मानल सामाजिक कार्यकर्ता बन गइल बाड़े. पढ़ लिख के डाक्टर इंजीनियर बनला का बदले अजय सिंह कुछ अलगे करे के ठान लिहले आ अब एगो भोजपुरी फिल्म “दिल के बंधन” बनावत बाड़े जवना में ऊ खुदे नायक बनल बाड़े. उनुकार काम एगो निर्देशक के अतना बढ़िया लागल कि उनका के अपना अगिला फिल्म खातिर अनुबंधित कर लिहलसि. “दिल का बंधन” का बारे में बतावल अजय सिंह कहले कि एह फिल्म का माध्यम से ऊ समाज के भुलाइल जात संस्कार के याद दिआवल चाहत बाड़े. नवही लोग आजु बुढ़ पुरनिया के इज्जत दिहल भुला गइल बा.

एह फिल्म में राम बनल अजय सिंह के भाई किशन के किरदार सुदीप पाण्डे करत बाड़े आ खलनायक बाड़े मोहन जोशी. शशिशेखर का निर्देशन में बनत एह फिल्म में एह लोग का साथे कोमल ढिल्लन, नेहा सिंह, श्वेता यादव, पंकज तिवारी, माया यादव वगैरह लोग शामिल बाड़े. जून में एह फिल्म के पूरा देश मे रिलीज करे के योजन बनावल जा रहल बा.


(स्रोत – संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।