दिल जीत लिहली पाखी !


भोजपुरी फिलिमन के नंबर वन अदाकारा पाखी हेगडे फिल्म “संतान” में अपना अभिनय से दर्शकन के दिल जीत लिहले बाड़ी. फिल्म में उनुकर किरदार अपना परिवार के संतान देबे खातिर आपन जान तक दे देबे वाली महिला के बा. फिल्म ओहू समीक्षक आ बुद्धिजीवी लोग के भोजपुरी सिनेमा का ओरि खींच ले आइल जे एकरा से फरका रहत रह आ उनुकरो वाहवाही ले लिहलसि.
पाखी के मजगर अभिनय खातिर सभे उनुका के बधाई दे रहल बा आ भोजपुरी सिनेमा का परदा पर साफ सुथर मनोरंजन देबे वाली आ औरतन का बीच खासा लोकप्रिय पाखी के “संतान” देखे खातिर औरतन समेत पूरा परिवार उमड़ आइल बा.
औलाद आ संतान जइसन फिलिमन के तारीफ से गदगद पाखीओ के मन रहेला अइसने फिलिमन में काम करे के.


(स्रोत : प्रशांत निशांत)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।