‘‘दिल दीवाना’’ के संगीतमय शुरूआत

आदिशक्ति इंटरटेनमेन्ट के प्रस्तुति आ श्री रामेश्वर इन्टर­प्राईजेज के बैनर तले बनत ‘‘दिल दीवाना’’ के संगीतमय शुरूआत पिछला दिने मुम्बई के एम. फोर. यू. स्टुडियो में कइल गइल. एह मौका पर मशहूर गायक उदित नारायण के आवाज में एगो गाना रिकार्ड करावल गइल. फिल्म के गीतकार, संगीतकार, पटकथा, कथा आ संवाद लेखक विनय बिहारी हउवें.
फिल्म के निर्माता अनिल अचरेकर आ निर्देशक भागीरथी स्वान हउवें. फिल्म में विराज भट्ट कुंवर विक्रांत, काजल रधानी, धर्मा आ ब्रजेश त्रिपाठी खास किरदार कइले बाड़न. फिल्म के छायाकार अशोक राव हउवें.
फिल्म के मुहूर्त पर पब्लिसिटी डिजाईनर नरसू खास तौर से उपस्थित रहलें.


(स्रोत – प्रशांत निशांत)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।