’दिल भईल दिवाना तोहरा प्यार में’ के मुहूर्त धूम-धाम से भइल

पिछला दिने प्रियांसी मूविज आ निराला फिल्मस् के बैनर तले बनत भोजपुरी फिलिम ’दिल भईल दिवाना तोहरा प्यार में’ के मुहूरत् धूम-धाम से मुंबई के पंचम स्टूडियो में कइल गइल. एह फिलिम के नायक बाड़े गायक से अभिनेता बनल अरविन्द अकेला कल्लू आ उनकर नायिका बाड़ी अर्चना सिंह आ निशा दुबे.

मुर्हूत के शुभ अवसर पर फिलिम जगत के अनेके नामी-गिरामी हस्ती मौजूद रहली सँ. जइसे कि रानी चटर्जी, जय सिंह, सुशील सिंह, राजेश पप्पू, रितेश ठाकुर, विष्णु शंकर बेलू, लालजी यादव, चुन्नू पंडित, ज्योति शर्मा, गौरी विश्वकर्मा, चून्नू चौबे, सोनिया मिश्रा, रामचरण गौड़, रमेश सिंह, लालजी गौड़, राधेश्याम अजय ग्लोबल, राम तिवारी आ संजय भूषण पटियाला.

एह मौका पर निर्देशक अरविन्द चौबे बतवलें कि एह रोमांटिक फिलिम के शूटिंग 21 जून से गुजरात के सिलवासा शहर में कइल जाई. एहमें कुल आठ गो गाना रहीहें सँ जवन अरविंद अकेला कल्लू के गावल रही.

निर्माता-निर्देशक अरविंद चौबे, सह-निर्माता अरूण सिंह आ निराला सिंह, गीतकार प्यारे लाल यादव, आर आर पंकज, आ मनोज मतलबी, संगीतकार घुंघरू, आ लेखक लालजी यादव हउवें.

मुख्य कलाकारन में अरविन्द अकेला कल्लू, अर्चना सिंह, निशा दुबे, संजय पांडे, मनोज टाईगर, आनंद मोहन, जय सिंह, जसवंत जयसवाल, अरूण सिंह, बमबम बिहारी आ विजेन्द्र सिंह चौहान वगैरह के नाम बा.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।