‘दिल हो गईल कुर्बान‘ के शूटिंग सिलवासा मे शुरू भइल

आर. एस. फिल्मस् प्रोडक्शन के बैनर तले बनत भोजपूरी फिल्म ’दिल हो गईल कुर्बान’ के गुजरात के सिलवासा मे कइक जात बा. निर्माता आर एस तिवारी बतावत बाड़ें कि इ फिलिम पूरा तरह अंडरवल्ड पर आधारित बा जवना में देखावल गइल बा कि कइसे एगो आम आदमी एगो रोटी ला केहू के जान लेबे खातिर मुट्ठी भर रूपियन में बिका जालें. हालांकि एह फिलिम में रोमांस आ एक्शनो भरपूर बा. एह फिल्म का माध्यम से नया अभिनेता रमाशंकर तिवारी के परदा पर उतारल जात बा.

निर्देशक मिथिलेश अविनाश, गीत विनय बिहारी, संगीत दामोदर राव, लेखक आर. एस.तिवारी, छायांकन डी के शर्मा, नृत्य महेश आचार्या, फाईट हीरा यादव के बा.

मूख्य कलाकारन में रमाशंकर तिवारी, अविनाश शाही, प्रिया शर्मा, मोहिनी घोष, बिपिन सिंह, दीपक भाटिया, यशवंत कुमार जायसवाल, विष्णू शंकर बेलू, कमल मुखर्जी, शत्रुघ्न तिवारी, राजेश बिहारी, मुकेश चौहान, कौशल शर्मा वगैरह बाड़ें.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।