दिल हो गईल कुर्बान पर दर्शक कुर्बान हो गइलें

DHGQबिहार में रिलीज़ भइल फिलिम ‘दिल हो गईल कुर्बान’ के बढ़िया सफलता मिलल बा. एह फिलिम में अविनाश शाही हालात के शिकार हो के बाहुबनल एगो मुसलमान युवक के भूमिका में बाड़ें. आर॰ एस॰ तिवारी पुलिस अधिकारी बनल बाड़ें. अविनाश शाही के अपोजिट प्रिया शर्मा आ आर॰ एस॰ तिवारी के अपोजिट नवोदित कलाकार मोहिनी घोष बाड़ी.

उत्तर प्रदेश के मूल निवासी आर॰ एस॰ तिवारी कई साल से व्यापार जगत में बढ़िया व्यवसायी रहला का बाद अपना भोजपुरी प्रेम क चलते बतौर निर्माता आ नायक एगो पारिवारिक आ स्वस्थ मनोरंजन वाली फिलिम ‘दिल हो गईल कुर्बान’ बनवलें.


(उदय भगत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।