दीघा रेल पुल के बारह आना काम पूरा भइल

पटना में दीघा का लगे गंगा नदी पर बनत रेल पुल के बारह आना काम पूरा हो गइल बा बाकिर बाकी चार आना काम कबले पूरा होखी ई बतावे खातिर रेलवे अबही तइयार नइखे. साल २००२ में राजग शासन में तब के प्रधानमंत्री अटल बिहारी बाजपेयी एह रेल पुल के शिलान्यास कइले रहलें. बाद में एह रेल पुल पर सड़को पुल बनावे के फैसला लिहल गइल जवना से पुल बनावे के खरचा करीब तीन हजार करोड़ होखे के अनुमान बा, अबहीं ले बारह सौ करोड़ रुपिया लाग चुकल बा एह पुल में. एह साल में रेलवे एह पर एक सौ बीस करोड़ रुपिया खरच करे के व्यवस्था बनवले बावे.

मुंगेर में बनत गंगा पर रेल सह सड़क पुल अगिला दू साल में पूरा हो जाए के उमेद बतावल जात बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..