दीनबंधु आ तुलसी घूस लेत पकड़इलें

पश्चिमी चंपारण जिला के भितहा गाँव में ग्रामीण बैंक के प्रबंधक दीनबंधु राम के एगो किसान से किसान क्रेडिट कार्ड पर कर्जा देबे खातिर दू हजार रुपिया घूस लेत रंगे हाथ पकड़ लिहल गइल. ओही तरह वैशाली जिला के महुआ ब्लाक के शिक्षा प्रसार पदाधिकारी तुलसी प्रसाद के एगो ठीकेदार से पाँच हजार रुपिया घूस लेत पकड़ल गइल. दुनु जने के पटना ले जाइल गइल बा जहवाँ ओह लोग के निगरानी विभाग के विशेष अदालत में हाजिर करावल जाई.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..