दीपक दुबे के ‘तन तुलसी मन गंगा’

भोजपुरी सिनेमा का नवही सितारा दीपक दूबे आजुकाल्हु वाराणसी का मनोरम लोकेशनन पर ‘तन तुलसी मन गंगा’ की शूटिंग करत बाड़े. निर्मात्री रीता प्रकाश आ निर्देशक पारस नाथ सिंह के एह फिल्म में दीपक दुबे गाँव के एगो सीधा-सादा नवही का किरदार में बाड़न. दीपक दूबे का सोझा दू गो नायिका बाड़ी एह फिल्म में, तनुश्री आ सिमरन.

बॉक्स ऑफिस पर ‘बृजवा’, ‘मार देब गोली केहू ना बोली’ आ ‘तू ही मोर बालमा’ जइसन सुपरहिट फिलिमन से अपना अदाकारी के परिचय दे चुकल दीपक के ‘बुलंदी’ जल्दिये प्रदर्शित होखे वाली बा.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..