दीपोत्सव पर अभिनन्दन आ शुभकामना

दीपोत्सव पर अँजोरिया के सगरी पाठक-पाठिकन के अभिनन्दन आ शुभकामना

एह अवसर पर पहिले से प्रकाशित हरीन्द्र हिमकर जी के लिखल कविता प्रस्तुत बा –

मईया लछिमी तू मड़ई में अइतू
दुअरिआ पर दिअरी सजइतीं
मड़ई में अइतू त चटइ बिछइतीं
गाइ का गोबरा से अंगना लिपइतीं
मूज का रसरिआ में आम का पतईयन से
झलर-मलर झलर-मलर झलरी लगइतीं।

मईया लछिमी जो अंखिया घुमइतू
त राह में अंजोरिआ बिछइतीं
हरदी चउरवा से चउका बनउतीं
दूब -धान पंखुरी से चउका सजउतीं
केरा का पतई पर मरचा के चिउरा
आ दही गुड़ परसी के जेवना जेंवंवती।

मईया एकबेर जूठन गिरइतू
त असरा के कलसा सजइतीं
एक बेर अइतू त लइतीं बतासा
बजवइतीं दुअरा पर पिपुही आ तासा
मनफेरवट तोहरो नू होइत हे माई
रहिया बदलतू त बदलित परिभासा।

माई एक बेर खप्पर घुमइतू
त हमहूं पटाखा उड़इतीं
मड़ई में अइतू त चौमुख जरवतीं
तोहरा के खील आ बतासा चढ़उतीं
चन्नन आ चउका पुरइतीं हे माई
हमहूं अंगनवा मे हवन करउतीं।

मईया एकबेर पटरी घुमइतू
तू बिगड़ी बनइतू
त हमहूं दिवाली मनइतीं।

हरीन्द्र हिमकर

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।