दीवाल गिरला से दू जने के मौत

जौनपुर जिला के सिंगरामऊ इलाका में शनिचर का भोर में एगो कच्चा मकान के दीवाल गिरला का चलते ओहमें सूतल दादी आ पोता के मौत हो गइल आ पतोहु घवाहिल हो गइल.
पुलिस बतावत बिया कि जगदीशपुर गांव में रामसूरत निषाद के पत्नी पचास साल के बेइला देवी अपना बारह साल के पोता शिवम आ पतोहु संगिता संगे सुतल रही जब दीवाल ओह लोग का देहि पर गिर गइल.
एह हादसा में बेइला देवी आ पोता शिवम के मौत हो गइल जबकि संगीता गंभीराह घवाहिल हो गइली. उनका के जिला अस्पताल मे भरती करावल गइल बा.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।