दुअर्थी गीतन के वहिष्कार करे के गोहार लगवली मालिनी

अतवार का दिने वाराणसी में अपना सम्मान में आयोजित एगो समारोह में मालिनी अवस्थी गोहार लगवली कि दुअर्थी गीतन के वहिष्कार कइल जाव. उनकर कहना रहल कि तकनीक बहुते फायदा चहँपवलसि समाज के बाकिर भोजपुरी के नुकसान करा गइल. एह तकनीकी सुविधा का चलते बड़हन पैमाना पर गीतन के बाजार बन गइल आ मौका के फायदा उठावत कंपनी सब फूहड़ आ दुअर्थी गीतन से बाजार पाट दिहली सँ.
समारोह यूपी सामाजिक सांस्कृतिक संस्थान का ओर से आयोजित रहे आ समारोह में अतिरिक्त उर्जा राज्यमंत्री विजय मिश्र आ भोजपुरी गीतकार पं॰ हरिराम द्विवेदी का हाथे मालिनी के सम्मानित कइल गइल.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।