दुअर्थी गीतन के वहिष्कार करे के गोहार लगवली मालिनी

अतवार का दिने वाराणसी में अपना सम्मान में आयोजित एगो समारोह में मालिनी अवस्थी गोहार लगवली कि दुअर्थी गीतन के वहिष्कार कइल जाव. उनकर कहना रहल कि तकनीक बहुते फायदा चहँपवलसि समाज के बाकिर भोजपुरी के नुकसान करा गइल. एह तकनीकी सुविधा का चलते बड़हन पैमाना पर गीतन के बाजार बन गइल आ मौका के फायदा उठावत कंपनी सब फूहड़ आ दुअर्थी गीतन से बाजार पाट दिहली सँ.
समारोह यूपी सामाजिक सांस्कृतिक संस्थान का ओर से आयोजित रहे आ समारोह में अतिरिक्त उर्जा राज्यमंत्री विजय मिश्र आ भोजपुरी गीतकार पं॰ हरिराम द्विवेदी का हाथे मालिनी के सम्मानित कइल गइल.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..