दुनिए छोड़ गइलन रघुवंश बाबू

हालही में राजद छोड़े के एलान कर वाला रघुवंश बाबू आजु अतवार का दिने दुनिया से प्रयाण क गइलन।

कुछ दिन पहिले अस्पताले का बेड से एगो पाती लिख के रघुवंश बाबू राजद से इस्तीफा दे दिहले रहलन। लिखले रहलन कि कर्पूरी जी का गइला का बाद से ऊ हमेशा लालू का साथे खड़ा रहलन बाकिर राजद के मौजूदा हाल में अब अधिका दिन न रह सकसु राजद में आ इस्तीफा दे रहल बाड़न।

बतावल जात रहे कि लालू के बेटवन के बेवहार से ऊ दुखी रहलन। तेजप्रताप कहले रहल कि समुंदर में से एक दु घैला पानी निकलिए जाई त का हो जाई। फेरु एने रघुवंश बाबू के हरावे वाला रामा सिंह के राजद में ले लिहलो से ऊ नाराज रहलन।

हालांकि चारा घोटाला के सजा जेहल में काटत लालू इस्तीफा ना सकरलन आ जवाब लिखलन कि तू कहीं इ नइख जात। हम बात करब।

बाकिर रघुवंश बाबू लालू से भेंट के इंतज़ार ना कइलन आ आजु कोरोना बेमारी का चलते उनुकर निधन हो गइल।

उनुका समर्थकन के इहे सन्तोष बा कि कम से कम जात घरी ऊ राजद के कोइन्चा उतार के गइलन।

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..