दुर्गाकुण्ड मे मछलियन के मरे के सिलसिला जारी बा

वाराणसी के ऐतिहासिक दुर्गाकुण्ड मे मछलियन के मरे के सिलसिला काल्हुओ जारी रहल. पिछला चार दिन से ई सिलसिला जारी बा आ बहुते मछरी मरल उपराइल बाड़ी स.
एह ला मन्दिर प्रशासन आ नगर निगम के बीच आरोप प्रत्यारोप के दौर जारी बा. नगर निगम के कहना बा कि कुण्ड मे बहुते अधिका सेनूर आ पूजा सामग्री गिरला से मछली मरत बाड़ी स जबकि दुर्गा मन्दिर के महन्त कौशलपति द्विवेदी के कहना बा कि एह ला नगर निगम जिम्मेदार बा.
उनकर कहना बा कि पिछला दस महीना से कुण्ड के ना त साफ कइल गइल बा ना एकर पानी बदलाइल बा. जबकि पहिले हर छह महीना पर ई काम होखत रहे.
विशेषज्ञन के कहना बा कि कुण्ड के पानी मे आक्सीजन के कमी का चलते मछली मरत बाड़ी स. बाकिर अचरज एह बात के बा कि मरे वाली सगरी मछली एकही प्रजाति तिलैटिया के हई सँ आ दोसरा प्रजातियन के मछली जिंदा बाड़ी सँ.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *