दुर्गा प्रसाद के पहिलका फिल्म में निरहुआ विराज के दुश्मनी

मशहूर पखावज वादक दुर्गा प्रसाद मजुमदार के बतौर निर्माता पहिलका फिलिम “दुश्मनी” अब बन के प्रदर्शन खातिर तइयार बा. आदिशक्ति इंटरटेनमेंट के बैनर में बनल एह फिल्म के निर्देशन कइले बाड़न सुपरहिट निर्देशक राजकुमार आर पाण्डेय. फिल्म में सुपर जुबिली स्टार दिनेशलाल यादव आ नयका स्टार विराज भट्ट के दुश्मनी के नायाब दृश्य देखनिहारन के देखे के मिले वाला बा. दुनु कलाकार फिल्म में एक दोसरा के खून के पियासल बाड़न. एह दुनु के दुश्मनी के एक से बढ़ के एक एक्शन सीन फिल्मावल गइल बा एह “दुश्मनी” में. फिल्म में निरहुआ के जोड़ी पाखी हेगडे का साथ आ विराज के जोड़ी रिंकू घोष का साथ बनावल गइल बा. निरहुआ विराज के सुपर हिट जोड़ी एहसे पहिले लागल रह ए राजा जी, दिवाना, दाग, आ दिलजले में धमाल मचा चुकल बा.

अगिला ६ मई के रिलीज होखे जा रहल एह “दुश्मनी” के गीत विनय बिहारी, प्यारेलाल यादव, श्याम देहाती आ आर आर पंकज के लिखल बा जवना के संगीत दिहले बाड़े दुर्गा नटराज. संपादन जितेन्द्र सिंह जीतू के, छायांकन प्रमोद पाण्डेय के. कहानी संतोष मिश्रा के लिखल आ आडियो टी सीरिज पर बा. बिहार में एकरा के एकेसाथ पचास से बेसी सिनेमाघरन में रिलीज करावल जा रहल बा.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।