दुर्गा प्रसाद मजूमदार आ रिंकू घोष के मिलल आउट स्टैण्डिंग कंट्रिब्यूशन ऑफ रिजनल सिनेमा अवार्ड

durga-dadaदेश के प्रतिष्ठित मीडिया हाउस एबीपी मीडिया समूह पिछला दिने रिजनल सिनेमा में शानदार योगदान खातिर फिलिम निर्माता आ वितरक दुर्गा प्रसाद मजूमदार के आ भोजपुरी सिनेमा के माथ अदाकारा रिंकू घोष के ‘आउट स्टैण्डिंग कंट्रीब्यूशन ऑफ रिजनल सिनेमा सम्मान’ से सम्मानित कइलस. भोजपुरी सिनेमा में ई पुरस्कार पावे वालन में दुर्गा प्रसाद मजूमदार आ रिंकू घोष पहिला शख़्सियत ह लोग.

नई दिल्ली के इंडिया हैवीवेट सेंटर में आयोजित एगो भव्य समारोह में इलाकाई सिनेमा के बढ़न्ती पर एगो डिबेटो राखल रहे जवना में राष्ट्रीय पुरस्कार विजेता फिल्म निर्देशक जानू बरुआ, अनिरुद्ध रॉय चौधरी आ एबीपी के गुरुबीर सिंह के अलावा भोजपुरी सिनेमा के प्रतिनिधित्व करत दुर्गा प्रसाद मजूमदार आ रिंकू घोष मौजूद रहल लोग. एबीपी मीडिया समूह के एबीपी न्यूज, टेलीग्राफ अउर आनन्द बाजार पत्रिका के वरिष्ठ अधिकारीओ एह मौका पर हाजिर रहलें.

एह चर्चा में दुर्गा प्रसाद मजूमदार भोजपुरी सिनेमा के दिनों दिन होखत प्रगति के संतोषजनक बतवलें त अभिनेत्री रिंकू घोष कहली कि भोजपुरी सिनेमा आजु मनोरंजन जगत में मील के पत्थर साबित होखत बा. दुर्गा प्रसाद मजूमदार सभकर ताली बिटोरत कहलन कि रिजनल सिनेमा के रिजनल ना बोल के लैंग्वेज सिनेमा बोले के चाहीं, कहलन कि दुख के बात बा कि भारत में रिजनल सिनेमा के सरकार प्रमोट ना करँ सँ ना त इहो फिलिम ऑस्कर अवार्ड लेके अइती सँ. अपना 20 मिनट के संबोधन में फिल्मकार दुर्गा प्रसाद कहलन कि रिजनल सिनेमा के कैनवास
छोट भले होखे बाकिर ई हिन्दी सिनेमा से कमतर नइखे.

रिंकू घोष के कहना रहे कि जवना भोजपुरी फिलिमन के औरत पसंद कइली सँ ऊ हिट हो गइली सँ. सिनेमा भोजपुरी आजु अपने बल पर एह मुकाम ले चहुँपल बा. सरकार एकर कवनो मदद ना करे. रिंकू घोष कहली कि आजु सिनेमा भोजपुरी के नजरिया बदलत बा आ अब फिलिम बनावे वाला फ्रंट वेंचर के धेयान में राखत फिलिम बनावत बाड़ें.


(शशिकांत सिहं)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।