दुश्मनन के खटिया खाड़ करे में लागल बाड़ें विनय आनंद

भोजपुरी सुपर स्टार विनय आनंद अपना फिलिम ‘मंगल फेरा’ में दुश्मनन के खटिया खाड़ करत नजर अइहें. एकर शूटिंग पिछला दिने नेपाल में भइल. अपना बीच हिंदी आ भोजपुरी सिनेमा के अपना चहेता स्टार के पा के विनय आनन्द के नेपाली प्रशंसक बहुते खुश रहलें.

‘मंगल फेरा’ में विनय आनंद के कइल एक से बढ़के एक खतरनाक स्टंट देख के मिली. एह स्टंट के देख के खुद शूटिंग देखे वाला भउँचक रहलें. एह फिलिम में विनय आनंद कमाल के तलवारबाजी कइले बाड़न जवन देखे वाला के रोंआ खड़ा कर दी.

गायत्री राठौड़ निर्मित आ श्रीधर शेट्टी निर्देशित ‘मंगल फेरा’ के कहनीकार दर्शन राठौड़, पटकथा लेखक पियूष शाह आ श्रीधर शेट्टी, संवाद लेखक मोहम्मद रफी खान, संगीतकार राकेश त्रिवेदी आ कैमरा मैन श्रीनिवास आर. हउवें.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..