दुश्मनी का बाद दोस्ती

कहल गइल बा कि दुश्मनी अइसन होखे के चाहीं कि अगर कबो फेर से दोस्त बने के माहौल बन जाव त लाज ना लागे. नीतीश कुमार के भरपूर लानत मलानत करे वाला ललन सिंह आखिरकार आपन गलती मानत नीतीश संगे सट गइलें. लखीसराय में एगो समारोह में दुनु नेता मंच पर मौजूद रहलें. ललन सिंह के मान राखत नीतीशो कह दिहलन कि हो सकेला कि हमरो से कहीं गलती भइल होखे बाकिर घर के रुसल सवांग लवट आइल त एहले बड़ खुशी के बात का होखी.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..