दुष्कर्म आ हत्या के आरोपी गिरफ्तार

रोहतास जिला के दरिहट इलाका के धरहरा गांव मे करीब एक हफ्ता पहिले एगो नाबालिग के बलात्कार क के हत्या कर देबे वाला आरोपी धर्मेन्द्र कुमार के पुलिस आजु शुक का दिने गिरफ्तार क के जेल भेज दिहलसि,
पुलिस अधीक्षक विकास वर्मन संवाददाता सम्मेलन मे बतवले कि 11 अक्टूबर के रात नौ साल के लड़िकी गांवे मे होखत रामलीला देखे गाइल रहे. कार्यक्रम खतम भइला का बाद घरे जात घरी धर्मेन्द्र ओकरा के अकेला देख गोदी मे उठा के बगल के सुनसान इलाके मे ले जाके बलात्कार कइलसि, हल्ला मचावत लड़िकी के ऊ दीवाल पर पटक मरलसि जवना से ऊ बेहोश हो गइल. बेहोशी हालत में उ फेरू ओकरा से दुष्कर्म कइलसि आ कपडा से गला दबा के ओकर हत्या क के लाश पानी भरल गड़हा में फेंक दिहलसि.
एह कांड के उद्भेदन ला अभय कुमार लाल के नेतृत्व मे एगो विशेष टीम बनावल गइल रहे जे वैज्ञानिक तकनीक से अनुसंधान क के काड के पर्दाफाश क दिहलसि.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।