‘दूल्हे राजा’ निरहुआ के जलवा

Nirahua-Premiभोजपुरी परदा पर ‘दूल्हे राजा’ निरहुआ के जलवा मूड़ी चढ़ के बोलत बावे. एह दुर्गा पुजा पर रिलीज ई फिलिम बिहार, यू०पी०, नेपाल आ मुंबई के डेढ़ सौ सिनेमाघरन में ऐतिहासिक व्यवसाय कइलसि.

पहिलके हफ्ता में “दुल्हे राजा” के बिहार से 45 लाख, आ मुंबई से 35 लाख नेट मुँह दिखाई मिलल. नेपाल आ यूपीओ में इनकर बटोर बढ़िए रहल. निर्माता अभय सिन्हा आ निशांत उज्जवल के एह फिलिम के दर्शक खूब पसंद कइले बाड़े. दूल्हे राजा बनल निरहुआ के अभिनय, संवाद अदायगी आ एक्शन सभके नीक लागत बा.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।